जरूर कवनों बात बा

जरूर कवनों बात बा

काँव काँव कर तरुए काग अंगनैया
जरूर कवनों बात बा
दैया हो दैया जरूर कवनों बात बा।

मूसवा बिलरिया में बढ़ल बा इयारी
बघवा बकरिया के कहत बा पियारी
सारि घर में राति भर रोवतारी गैया
जरूर कवनों बात बा।

सबूजी कबूतरी चुगत नइखे दाना
मैना के गर से फूटत नइखे गाना
हमरा हिरामन के धइलस जड़ैया
जरूर कवनों बात बा।

साँझी खा चुरइल बोलेले पिछुअरिया
रतिया बिरतिया कुहुक्के कोइलरिया
खोंता तेयाग भागल कल्हियाँ गोरैया
जरूर कवनों बात बा।
- हरेश्वर राय, सतना

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी